जाने कवन रंग ले के,
तु अईलु ई दुनियां में
कि तोहरे नावे से
रंगा ग़ईल ई दुनियां।
ईहा ना राज आपन बा
ईहा ना आज आपन बा
बस तोहरे नावे से ईहां
चमका ग़ईल दुनियां,
तु ना छुप छुप के इहवां
बुझावल कर बतिया
बस तोहरे नावे ईहवां
बतिया ग़ईल दुनिया।
जाने क़ईसन उमरिया बा,
जाने क़ईसन नजरिया बा,
काहे तोहरे नावे लेते
सरमा ग़ईल दुनिया
बस एक बार कह देतु
वादा बा ई निरमल
बस नावे के ईहां
निभावेला ई दुनियां।
सूर्येश प्रसाद निरमल, शीतलपुर (सारण)।


More Stories
गड़खा के प्राथमिक विद्यालय औढ़ा माल का 10 दिनों में दो बार ताला तोड़कर चोरों ने हजारो रूपये के सामान की चोरी, गुहार लगाने गये शिक्षकों पर भड़की पुलिस
मतदान लोकतंत्र का आधार है, जगलाल चौधरी महाविद्यालय में मतदाता जागरूकता कार्यक्रम का आयोजन
विधानसभा चुनाव की अधिसूचना जारी, नामांकन प्रक्रिया प्रारंभ: जिलाधिकारी