जाने कवन रंग ले के,
तु अईलु ई दुनियां में
कि तोहरे नावे से
रंगा ग़ईल ई दुनियां।
ईहा ना राज आपन बा
ईहा ना आज आपन बा
बस तोहरे नावे से ईहां
चमका ग़ईल दुनियां,
तु ना छुप छुप के इहवां
बुझावल कर बतिया
बस तोहरे नावे ईहवां
बतिया ग़ईल दुनिया।
जाने क़ईसन उमरिया बा,
जाने क़ईसन नजरिया बा,
काहे तोहरे नावे लेते
सरमा ग़ईल दुनिया
बस एक बार कह देतु
वादा बा ई निरमल
बस नावे के ईहां
निभावेला ई दुनियां।

सूर्येश प्रसाद निरमल, शीतलपुर (सारण)।


More Stories
मेरा भी स्वागत क़बूल फ़रमा
मुख्यमंत्री का अमर्यादित हरकत और शर्मनाक समर्थन
छपरा सदर प्रखंड के महाराजगंज पंचायत भवन में होगा विधिक जागरुकता शिविर का आयोजन